गोवा में पर्यटनent ca yaCciYAaCc aHe Kk DKDd g cgqxOdkCoaaonCceh2
गोवा में पर्यटन के खास महत्व बा काहें कि ई राज्य प्राकृतिक सुंदरता, सुघर समुंद्री बीच, पूजा के अस्थान इत्यादि खाती परसिद्ध हवे आ एहिजा के मुख्य उद्योग पर्यटन बाटे आ पर्यटन इहाँ के अर्थब्यवस्था में काफी योगदान करे ला। गोवा में बिदेसी पर्यटक, खासतौर से यूरोप के लोग, जाड़ा में आवल पसंद करे ला जबकि गर्मी आ मानसून सीजन में देसी पर्यटक लोग के भीड़ रहे ला।
गोवा भारत के पच्छिमी समुंदरी किनारे पर मौजूद एगो छोट राज्य हवे जे महाराष्ट्रआ कर्नाटक के बीच में समुंदरी किनारे के सहारे बसल बा। ई इतिहासी रूप से पुर्तगाल के उपनिवेश रहल हवे। एही कारण इहाँ खास किसिम के संस्कृति, खानपान आ भवन निर्माण देखे के मिले ला। गोवा के चर्च आ कान्वेंट सभ के यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर सूची में सामिल कइल गइल बा।
गोवा में पर्यटक लोग के प्रमुख एक्टिविटी बीच पर घूमल, प्रकृति के आनंद लिहल, तैराकी आ पैरासेलिंग कइल, इतिहासी इमारत आ इहाँ के संस्कृति के देखल, इहाँ के ख़ास भोजन के आनंद लिहल सामिल बा। गोवा में क्लब, डिस्कोथेक आ पार्टी करे के अस्थान भी भरपूर बाड़ें। आँकड़ा के बात कइल जाय तब साल 2011 में भारत में आवे वाला कुल बिदेसी पर्यटक लोग के 2.29% गोवा आइल रहे।
संदर्भ[संपादन]
| ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |